December 9, 2025

पूर्वांचल की बात

बिहार:गीतन के जरिये जनता जनार्दन के अपना खेमे में लावे के होड़

1 min read

बिहार में ऐह बेर भाषणन से ढेर गीतन के जरिये जनता जनार्दन के अपना खेमे में लावे के होड़ मचल बा। अब ऐ लड़ाई में लोकगायिका मैथिली ठाकुर आ गईल बाड़ी, मैथिली ‘बिहार में का बा’ के तरह मिथिला भाषा में बतइली कि ‘मिथिला में इहो-उहो, सब कि छै’, माने सब बा मिथिला में….’कि नै छै’, का नइखे।

ऐसे पहिले नेहा सिंह के ‘बिहार में का बा’… सोशल मीडिया खूब छाइल रहे, आ इहे गीतन के जरिये आरजेडी नीतीशे कुमार के 5 साल के सुशासन पर निशाना साधल जेकरा जवाब में बीजेपी बिहार में ई बा लेके आइल रहे, अब जले चुनाव के रिजल्ट आ ना जाला तले इ गाना के लेवल कहवा ले पहुंची ऐकर अंदाजा लगावल अबहीन कहल तनी मुश्किल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Copyright © All rights reserved. | Newsphere by AF themes.