बिहार में बहार बा, चुनाव प्रचार में लागत ठुमका बा
1 min read
एक बेर फेर आपन रंगीन मिज़ाज खातिर जानल जाए वाले विधायक श्याम बहादुर डांस के लेके चर्चा में बाड़े। श्याम बहादुर चुनाव परचार में जमके के ठुमका लगा रहल बाड़े। जनता दल यूनाइटेड यानि जेडीयू उनका के तीसरी बेर बड़हरिया सीट से आपन उम्मीदवार बनवले बा। आपन डांस, ठुमका अउर अनोखा तरीका खातिर श्याम बहादुर मीडिया, सोशल मीडिया पर छाइल रहे लें। लोग भी उनकरा के आपन स्टाइल में डांस करें के मांग कर रहल बाडे़ । अब जनार्दन की इच्छा के विपरीत जाइल अउर उहो चुनाव के समय तक केहू सोच भी ना सकेला, श्याम बहादुर के आपन ऐ डांस पर ताली तो खूब मिल रहल बा बाकिर वोट में केतना बदली इ त रिजल्टे बताइ।
